जेकरा तु देख ल एक नजरिया हो

जेकरा तु देख ल एक नजरिया हो
जिनगी अजोर हो गईल.
दुनिया मे जोड़ा नईखे कौनो हो
किरपा बेजोड़ हो गईल...

भषम लगाई रौवा डमरू बजाई ले
दुष्टन के मारे खातिर तिरशुल् उठाई ले
नगवा तोहार सिर मौर हो.2
सगरो ई शोर हो गईल
जेकरा तु देख ल एक नजरिया बाबा...

नंदिया तोहार बाबा अजबे खिलाडी
दुष्टन के देखी नाही हटेला पिछाडि
गूंजे जैकारा चारो ओरिया हो.2
बोल बम के होड़ होगईल.
जेकरा तु देख ल एक नजरिया हो...

बेल पत्र खा के बाबा जिनगी बिताई ले
भगतन के खातिर बाबा देर ना लगाई ले
प्यासा गावे तोहरे दुअरिया हो.2
मन वाँ बिभोर हो गईल...
जेकरा तु देख ल एक नजरिया हो
जिनगी अजोर होगईल...

Hemkant jha pyasa
9831228059

श्रेणी
download bhajan lyrics (10 downloads)