केकरा खातिर ऐ भउजी करेला बतीया

केकरा खातिर ऐ भउजी करेला बतीया,
केकरा खातीर दे बेलू अर घी या न.....  

सइया खातिर ये देबरू करेल बतीया,
बेटा खातीर दे बेली अर घी या.....

केकरा  लागी छठी माई के धरेलू धेअनवा,
केकरा लागी मांगेथे मंगलवार......

ससूरा खातिर छठी माई के धरेली धयनवा,
नैहर लागी मांगेली मंगलवार......

कैसे करबू बोला भौजी छठी के बरतिया,
कौना घाते देबू तू अर घी या न...

बिजय संगे देबू तू छठी के बरतिया,
पटना घाटे देबू तू अर घी या न....

download bhajan lyrics (1131 downloads)