छम छम बाजे मैया के पायलिया

चांदी के पायलिया तोहरी सोने के कंगनवां मैया छम छम बाजे ना
चम चम चमकत बा लीलरवा मैया छम छम बाजे ना ॥

लाली लाली अंखिया बा लाली रंग चुनरिया,
लालई रंग पताका फहराई तोहरी दुअरिया ॥
गर में बा मोतियन के हरवा मैया छम छम बाजे न ॥

आदिशक्ति मैया तोहके जाने जग जहानवा,
शुम्भ अउ निशुम्भ क तू कै दिहलू बधनवा
काटिऊ महिषासुर के गरवा मैया छम छम बाजे ना॥

बड़ा सुख शांति मिले तोहरे शरण में,
राधेश्याम कंठी पूजै निर्मोही चरण मे,
देद दिनेशऊ के सहरवा मैया छम छम बाजे ना॥

download bhajan lyrics (1283 downloads)