माई शेरावाली हई

नवमी मे माईया के स्वागत कर,
हाथ दुनो जोड़ गोड़ लागत कर,
तू सजाई ल ना पूजावा के थाली हाली,
कही कहाली देवी दुर्गा कही कहाली ईं काली,
माई शेरावाली हई..माई शेरावाली हई,
कस्ट के सारा नष्ट करेली भरेली झोली खाली माई शेरावाली हई….

इहे पार्वती सती शारदा भवानी,
नव नव रूप मे रहेली महारानी,
काश्मीर मे ऊँचे पहाड़ प वैष्णो माई पूजाली…माई शेरावाली हई….

लाले चुनरिया लाले झंडा लहराला,
माइया निराली बाटे महिमा निराला,
नीलकमल आशु के हरदम करस ईहे रखवाली…माई शेरावाली हई,
कष्ट के सारा नष्ट करेली भरेली झोली खाली माई शेरावाली हई……

download bhajan lyrics (711 downloads)